नासा के क्यूरिओसिटी रोवर रेड प्लैनेट प शुद्ध सल्फर के खोज कईले बा। ई खोज मंगल ग्रह के भूबिज्ञान के अतीत के अध्ययन खातिर महत्वपूर्ण बा आ एकरे सतह पर अइसन खनिज पदार्थ के खोज के संकेत देले जे पहिले इहाँ ना मिलल रहे।

ई घटना 2024 में भइल रहे।तब मंगल ग्रह पर एगो बड़हन चट्टान के सतह पर चलत छह पहिया वाला क्यूरिओसिटी गाड़ी ओकरा के फाड़ दिहलस आ पीला रंग के क्रिस्टल सामने आइल। बाद के वैज्ञानिक शोध से एह बात के पुष्टि भइल कि ई क्रिस्टल शुद्ध सल्फर से बनल हवें।

एकरा से पहिले वैज्ञानिक मंगल ग्रह प सल्फर अवुरी ऑक्सीजन वाला कई प्रकार के खनिज के खोज कईले रहले। हालांकि पहिला बेर शुद्ध सल्फर के पहचान भईल। धियान देवे वाला बात ई बा कि जहाँ ई खोज भइल रहे, चट्टानी इलाका के क्षेत्रफल लगभग 2,100 वर्ग किलोमीटर बाटे। अध्ययन के नतीजा वैज्ञानिक पत्रिका साइंस में प्रकाशित भईल बा।

वैज्ञानिक लोग के अनुसार मंगल ग्रह पर सल्फर के भंडार 2.8–3.1 अरब साल पहिले बन सकत रहे। मानल जाला कि एकर कारण ओह समय में एह ग्रह पर भइल ज्वालामुखी बिस्फोट सभ के कारण बा। संभव बा कि ज्वालामुखी गतिविधि के परिणामस्वरूप बनल सल्फर युक्त गैस सभ के जमीन के नीचे के परत सभ में संरक्षित कइल गइल होखे आ फिर दबाव आ रासायनिक रिएक्शन के परभाव में शुद्ध सल्फर क्रिस्टल सभ के निर्माण भइल होखे।

विशेषज्ञ लोग के कहनाम बा कि एह खोज से मंगल ग्रह के भूबिज्ञान के इतिहास के समझे खातिर नया जानकारी मिलल बा। एकरे साथ-साथ एह बात पर खास जोर दिहल जाला कि एह ग्रह पर शुद्ध सल्फर के खोज के मतलब ई ना होला कि ओहिजा कबो जीवन मौजूद रहल।